NEWS 18 हिंदी की विशेष श्रृंखला – पहली बार भोजपुरी भाषा में ही पढ़ें यूपी-बिहार की बात बिहार चुनावः विनय बिहारी के जीत के साथ भोजपुरी फिल्मी कलाकारन के रहल धमाल
रअसल भोजपुरी कनेक्टिंग भाषा ह, दिल से दिल के जोड़े वाली. बिहार आ पूर्वांचल में त कनेक्टिंग बड़ले बा बाकी जहाँ-जहाँ देश-विदेश में बिहारी लोग फइलल-पसरल बा ओहू जी. अब कनेक्टिंगो में जेकरा में सबसे अधिक लासा बा उ हीरो-हीरोइने लोग नू बा.
गायके-गायिका लोग नू बा. भीड़ जुटावन, मन लगावन, आकर्षक आ मनोरंजक. दोसर एह लोग के फैन फॉलोविंग भी त कमाल के होला. त बिहार विधानसभा चुनाव में भी एह लोग के खूब धूम रहल-धमाल रहल. भोजपुरी के प्रभाव एह चुनाव में हर जगहा लउकल, चाहे ऊ बिहार के मिथिलांचल होखे भा सीमांचल, मगध होखे चाहे भोजपुर हर जगहा भोजपुरी में चुनावी गीत लाउस्पीकर पर सुनात रहे त ओहिजे हर क्षेत्र आ हर पार्टी के चुनावी रैली में भोजपुरिया फिल्मी कलाकार भीड़ के रिझावत लउकले. साथहीं बॉलीवुड के कलाकारन के उपस्थितियो रहुवे.10 नवंबर के देर रात बिहार विधानसभा 2020 के चुनाव के नतीजा आइल. 125 सीट के साथे एनडीए फेर नीतीश कुमार के नेतृत्व में सत्ता में वापस लौटल, त ओहिजे तमाम एग्जिट पोल के आकलन के विपरीत राजद के तेजस्वी यादव के नेतृत्व वाला महागठबंधन 110 सीट पर सिमट गइल. खैर, बिहार के ई विधानसभा चुनाव कइगो वजह से खूब चर्चा में रहल. कोरोना काल में ई असंभव जइसन लागे वाला चुनाव बड़ा सफलता से करा लीहल गइल. एकरा साथहीं एह चुनाव के खास बात ई रहल देश में रोजगार आ नोकरी एक बेर फेर से चुनावी मुद्दा बनल. दूनो गठबंधन- राजग आ महागठबंधन के चुनाव प्रचार में लागल फिल्मी सितारा सभे भी एह मुद्दा के उठावत लउकले. हालांकि पहिले ई मानल गइल कि एह चुनाव में प्रचार के तौर-तरीका पारंपरिक ना होई, शुरुआत में देखलो गइल कि सब राजनीतिक दल वीडियो कांफ्रेसिंग के जरिये वर्चुअल रैली करे लगलें बाकिर फेर एकरा अपना पुरान ढर्रा में लौटे में देर ना लागल. फेर गांव-गली-चौराहा पर भोजपुरी में चुनाव प्रचार के गीत बाजत सुनाये लागल. एही में ‘बिहार में का बा’ आ ‘बिहार में ई बा’ जइसन गीतो खूब चर्चा में रहल.अइसहूं भोजपुरी गीत आ फिल्म के देश-दुनिया में खासा क्रेज बा. एहिसे कवनो चुनाव होखे ऊ भोजपुरी चुनावी गीत आ भोजपुरिया सिने स्टार के बगैर पूरा ना होला. ई ट्रेंड एहू चुनाव में लउकल. हालांकि चुनाव में ताल ठोके वाला भोजपुरी संगीतकार, गीतकार विनय बिहारी अकेले अइसन उम्मीदवार रहले जेकर बैकग्राउंड फिल्मी बा आ ऊ पश्चिम चंपारण के लौरिया विधानसभा से भाजपा उम्मीदवार के तौर पर जीतो दर्ज कइले. विनय बिहारी के 49.48 प्रतिशत वोट के साथे कुल 77927 वोट मिलल, जबकि राजद के शंभू तिवारी के 31.06 प्रतिशत के साथे कुल 48923 वोट मिलल. विनय बिहारी अपना निकटम प्रतिद्वंदी राजद के शंभू तिवारी के 29 हजार वोट के अंतर से हरवले. दरअसल, ऊ 2015 के चुनाव में भी राजद के कौशल प्रताप सिंह के हजार से अधिका वोट से हरवले रहले.चुनाव प्रचार में फिल्मी हस्तियन खास क के भोजपुरी फिल्मी सितारा लोग के बात कइल जाव त दूनो प्रमुख गठबंधन के ओर से कइगो अभिनेता-अभिनेत्री चुनावी प्रचार में व्यस्त रहल लोग. चुनाव प्रचार में हर राजनीतिक दल भीड़ जुटावे खातिर फिल्मी कलाकार सभे के मैदान में उतारेलें बाकिर ई पहिला बेर देखल गइल कि अतना बड़ पैमाना प फिल्मी कलाकारन के जमावड़ा चुनाव प्रचार में रहल. एहमें से त कुछ फिल्मी कलाकार बतौर राजनेता स्थापित बाड़े त कुछ कलाकारन के राजनीतिक पार्टी हायर कइले रहली स. भाजपा गठबंधन, राजद महागठबंधन आ लोजपा के तरफ से चुनाव मैदान में एक दर्जन से अधिका कलाकार लउकले. एह में भोजपुरी आ हिंदी फिल्मन के चर्चित नामो शामिल बा. भोजपुरी फिल्मी सितारा में रवि किशन, दिनेश लाल यादव, अक्षरा सिंह, पाखी हेगड़े, बॉलीवुड के नेहा शर्मा, अमीषा पटेल आ बिहारी बाबू यानी शत्रुघ्न सिन्हा के नामो शामिल बा. एनडीए के रैलियन में भोजपुरी फिल्म के तीन गो बड़ स्टार-मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव और रवि किशन धुंआधार प्रचार करत लउकलन. राजद महागठबंधन के पक्ष में भोजपुरी के अंजना सिंह, अक्षरा सिंह, खेसारी लाल यादव, छोटू छलिया, सुरभी शर्मा, पाखी हेगड़े, बॉलीवुड अभिनेत्री नेहा शर्मा आ शत्रुघ्न सिन्हा रहले त ओहिजे लोजपा के चुनाव प्रचार में बॉलीवुड अभिनेत्री अमीषा पटेल कई गो सभा आ रैली में लउकली.बिहार विधानसभा चुनाव पटना के बांकीपुर विधानसभा क्षेत्र से बिहारी बाबू के बेटा लव सिन्हा कांग्रेस के टिकट पर चुनाव लड़लन ह. लोग के उम्मीद रहे कि लव के बहिन बॉलीवुड अभिनेत्री सोनाक्षी सिन्हा अपना भाई के प्रचार अभियान में शामिल होइहें लेकिन उ कहीं नजर ना अइली. भोजपुरी के मशहूर लोक गायक भरत शर्मा,भी ब्रह्मपुर सीट से निर्दलीय चुनाव लड़लन ह बाकिर जीत ना सकलन. त ले देके, फिल्मी दुनिया से विनय बिहारी अकेले एगो अइसन विधायक बाड़े जे एह चुनाव में निर्वाचित भइल बाड़े आ विधानसभा में फेर मौजूद रहिहे. ऊ पूर्व में बिहार के कला-संस्कृति एवं युवा मंत्रियो रह चुकल बाड़ें. विनय बिहारी के जन्म 5 जनवरी 1970 के बिहार के मच्छरगांवा में भइल आ ऊ कैरियर के शुरुआत 1989 में ‘चम्पारण के बाबू’ नाम से रिलीज भइल एगो एल्बम से कइलें.विनय साल 1995 में ओह समय के हिट बॉलीवुड जोड़ी गोविंदा अउर करिश्मा कपूर के एकमात्र भोजपुरी फिल्म 'पिरीतिया के दुश्मन' खातिर गाना लिखलें. ई विनय बिहारी के भोजपुरी फिल्म में शुरुआत रहे. ओही साल अक्षय कुमार के भी एकमात्र भोजपुरी फिल्म 'सोहागन' के भी गाना लिखलें. ऊ 1997 में मुंबई आ गइलें आ एह साल के हिंदी फिल्म 'चार धाम' खातिर भी गाना लिखलें. भोजपुरी फिल्म के तीसरा चरण के शुरुआत होत रहे. मोहन जी प्रसाद 2001 में रवि किशन के लेके फिल्म सइयां हमार बनवले आ ओकर सब गाना विनय बिहारी के रहे. 2005 के ससुरा बड़ा पइसावाला के गीत उहे लिखलें जवन आलटाइम ब्लॉकबस्टर फिल्म हवे. ओकरा बाद ऊ लगातार भोजपुरी फिल्म में गाना लिखलें. विनय बिहारी पर अश्लील गीत लिखला खातिर बहुत इल्जाम लागल आ ई उनके ईमानदारी बा कि ऊ आपन गलती स्वीकार करे लें जवन भोजपुरी इंडस्ट्री में कम देखे के मिलेला. विनय बिहारी के नाम भोजपुरी में सबसे ज़्यादा गीत लिखे के भी रिकॉर्ड बा. ऊ अब तक 5000 से अधिका लगभग 600 फिल्म में भोजपुरी गाना लिख चुकल बाड़ें. बकौल विनय बिहारी, ऊ रवि किशन के लगभग 200 फिल्म में, मनोज तिवारी के 70, पवन सिंह के 80 आ खेसारी लाल के लगभग 15 फिल्म में गीत लिखले बाड़ें. 50 से ऊपर फिल्म में गीत संगीत आ 50 से ऊपर फिल्म के पटकथा संवाद लिखलें बाड़ें. उनके सुपरहिट फिल्मन में निरहुआ रिक्शवाला,पंडित जी बताईं ना बियाह कब होई, लागल रहा ए राजा जी, देवरा बड़ा सतावेला, धरती कहे पुकार के, विदाई, खून-पसीना, जिद्दी आशिक, दिवाना, ग़दर, सत्या, सइयां के साथ मड़इया में, राजा भोजपुरिया, रविकिशन के माई बाप, प्रतिज्ञा आदि बा. उनके कुछ गीत अइसन बा जवन लोग के जुबान पर चढ़ गइल, संख्या में त काफी बा बाकिर ऊ कुछ आपन पसंदीदा गीत बतवलें जवना में, मन के सँवरिया बन गइलू तू , भगवान बड़ी फुरसत से तोहरा के बनवले बाड़ें , नैना लागे नेह के सागर , पंडित जी बताईं ना बियाह कब होई , अंखिया में कवन जादू चोराके तू रखले बाड़ू , रुपवा सलोना ए धनिया , आसमान से उतर के चांद , भउजी हमसे हँसे बोले , हमार देसवा महान , रंग दे बसंती चोला , किस्मत से निकल के चल जइबू आदि बा. फिल्म जइसन अब ऊ राजनीतियो में रिकार्ड स्थापित करे के दिशा में बढ़ल बाड़े आ ई एगो रिकार्ड त ऊ बनावे में सफल भइले कि 2020 के विधानसभा चुनाव में ऊ अकेले फिल्मी दुनिया से चुनाव लड़े वाला आ जीते वाला प्रत्याशी रहले.
United States Latest News, United States Headlines
Similar News:You can also read news stories similar to this one that we have collected from other news sources.
भास्कर एनालिसिस: 10 सवालों के जवाब से समझिए बिहार के नतीजों के किसके लिए क्या मायनेबिहार के नतीजे क्या कहते हैं? एनडीए और महागठबंधन ने इन चुनावों से क्या पाया और क्या खोया? इस जीत-हार के बाद राज्य की सियासत किस तरफ जाएगी? चुनावी नतीजों को 10 सवालों से यहां समझिए... | Nitish Kumar: Bihar Election Results 2020: Tejashwi Yadav Chirag Paswan | What This Means for BJP BJP RJD JDU LJP and Other Party
Read more »
बिहार चुनावः वो सीटें जहां बेहद नज़दीकी अंतर से हारे महागठबंधन के उम्मीदवार - BBC News हिंदीहिलसा सीट पर आरजेडी उम्मीदवार को जदयू उम्मीदवार ने 12 वोटों से हरा दिया. इस सीट पर 1022 लोगों ने नोटा पर बटन दबाया है.
Read more »
कोरोना संकट के बीच गंभीर मरीजों के लिए 'फरिश्ता' बने बिहार के 'ऑक्सीजन मैन'52 साल के राय एक प्राइवेट कंपनी में काम करते हैं जो पटना में कारों के लिए हाई सिक्युरिटी नंबर प्लेट बनाती है, वहीं उनकी पत्नी अरुणा भारद्वाज एक ऑक्सीजन बैंक चलाती है, इनके पास 10 किलों के 250 से अधिक ऑक्सीजन सिलेंडर हैं. राय बताते हैं कि यह विचार उनके मन में तब आया जब वे पिछले साल जुलाई में इस वायरस के शिकार हो गए थे और उन्हें पटना मेडिकल कॉलेज एंड हास्पिटल में भती कराया गया था.
Read more »
बिहार के बक्सर के बाद अब यूपी के गाजीपुर में नदी में तैरते दिखे शवबिहार के बक्सर के बाद अब उत्तर प्रदेश के गाजीपुर में गंगा के किनारे शव नजर आए. मंगलवार को गाजीपुर के गंगा तट पर कुछ शव दिखाए दिए. गाजीपुर और बक्सर के बीच करीब 55 किलोमीटर की दूरी है. बक्सर में सोमवार को करीब 100 शव पानी में तैरते हुए दिखाई दिए थे. इन लाशों को देखने के बाद बिहार के अधिकारियों ने तर्क दिया था कि यह उत्तर प्रदेश से आई हैं. अधिकारियों के अनुसार बिहार में शवों को पानी में डालने की परंपरा नहीं है.
Read more »
